होली
टेसू के लाल फुलवा,हो टेसू के फुलवा, ठुँठ पेड़ पर कोपलवा-2 सुनर लागेला, हो सुनर लागेला।। बसन्ती बयरवा कहर ढाहेला, हो कहर ढारेला।। अममा के मंजरवा,हो अममा के मंजरवा, मूनगा के उजर फुलवा-2 मनमा के मोहेला, हो मनमा के मोहेला। बसंती बयरबा कहर ढाहेला,हो कहर ढारेला।। बूट के झंगरिया, गेहूँमा के बलिया-2 खेतवा में झूलेला, हो खेतवा में झूलेला। हो सुनर लागेला, हो सुनर लागेला।। भरल खरीहनिया,मसूरी के बोझबा-2 देख रबी के फसलवा,हुलसय किसनमा। मनमा हरसावेला, हो मनमा हरसावेला। बसंती बयरबा कहर ढाहेला,हो कहर ढारेला।। बजय होलिया के धुनमा,झुमय बुढ़वा जवनमा, बड़ बेस लागेला, हो बड़ बेस लागेला। भउजी के गरिया मीठ लागेला,हो मीठा लागेला।। करुआ के तेलवा में,बूट के भभरवा,हो बूट के भभरवा, मजगर लागेला,हो मजगर लागेला। बसन्ती बयरवा कहर ढाहेला,हो कहर ढाहेला।। नरेंद्र सिंह, सेवानिवृत वरिष्ठ बैंक प्रबंधक, एम.ए(भूगोल), एल. एल. बी., एम. बी.ए. 10.03.2025
Poetry Books 50% Off
Bestselling collections from top poets
